वाराणसी मे मिनी पीएमओ

आजु बुध का दिने वाराणसी के रविन्द्रपुर कालोनी भेलूपुर मे भाजपा अध्यक्ष आमित शाह एहिजा के सांसद आ देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय कार्यालय के उद्घाटन करीहे. एकरा के लोग मिनी पीएमओ कहे लागल बा. बतावल जात बा कि एह कार्यालय से भाजपा पूरा पूर्वांचल आ बिहारो पर नजर राखी आ अगिला चुनाव मे दुनू राज्यन मे भाजपा के जीत के ताना बाना एहिजे से बुनाई.
कार्यालय के टेलीफोन नंबर 0542-2314000 आ 0542-2314001 पर फोन क के केहू संपर्क क सकी आ आपन बात मोदी तकले चहुँपवा सकी. कार्यालय के प्रभार संघ के विभाग संगठन मंत्री शिवशरण पाठक के जिम्मे दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।