वार्ड सदस्य के छूरा घोंप के हत्या

काल्हु शनिचर के देर रात गोपालगंज जिला के महमदपुर इलाका के हकाम गांव मे कुछ अपराधी वार्ड सदस्य मोहन प्रसाद के छूरा घोंप के हत्या कर दिहले आ एगो औरत के घवाहिल.
पुलिस बतावत बिया कि हकाम गांव के वार्ड संख्या छह के सदस्य बत्तीस साल के मोहन प्रसाद गांवे के एगो औरत संगे बतियावत रहले जब कुछ लोग दुनु के जबरिया गाँव का बहरी ले जा के छूरा घोंप दिहल. एहसे मोहन के मौत ओहिजे हो गइल बाकिर घाहिल औरत के बैंकुंठपुर सरकारी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
घवाहिल महिला के बयान पर गाँवे के एक आदमी का खिलाफ नामजद केस दर्ज कइल गइल बा. आरोपी फरार बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।