विकलांगता अभिशाप ना वरदान ह

खुद बचपने से विकलांग नालन्दा जिला के सोनू सागर के मानना बा कि विकलांगता के अभिशाप से वरदान में बदलल जा सकेला आ एही सोच के अपना जइसन दोसर विकलांगन के जागरुक करे खातिर ऊ दू गो टेलीफिल्म बनवले बाड़े जवना से ऊ विकलांग लोग में नया उर्जा भरे के काम कर रहल बाड़े. साथही ऊ पल्स पोलियो अभियानो खातिर लोग के जागरुक बना रहल बाड़े.
Sonu Sagar with Neha in a telfilm made on Polio
सोनू सागर के कहनाम बा कि राज्य आ केन्द्र सरकार अमिताभ बच्चन आ सचिन तेंदुलकर जइसन बड़हन सितारा से पल्स पोलियो के प्रचार करा रहल बाड़े जवना लोग के विकलांगता के दर्द से कवनो लेना देना नइखे. कहलन कि एगो विकलांग होखे का चलते ऊ एह दर्द के निमना से भोगले बाड़े आ ओहि दर्द के अपना टेलीफिल्म का मार्फत सबका सोझा ले आइल बाड़न, एह फिल्म के कहानी एस के अमृत के आ निर्देशन अनिल एस मेहता के बा. छायांकन संजीव कुमार के बा. निर्माता सोनू सागर खुद हउवन.

एहमें सोनू सागर, नेहा नयन, नवाब, अरशद, मुंदन आ एजाज के खास भूमिका बा.


(स्रोत : रंजन सिन्हा )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।