विक्रांत सिंह एलाने जंग कर दिहलें

भोजपुरी सिनेमा के नया नवेला स्टार विक्रांत सिंह के “एलान ए जंग” जल्दिये भोजपुरी परदा पर धमाल मचावे के तइयार हो गइल बा. मशहूर भोजपुरी निर्देशक रवि सिन्हा निर्देशित एह फिल्म में विक्रांत एक्शन से भरल भूमिका में बाड़न आ उनुकर नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा.

कुरुक्षेत्र, गुण्डईराज, आ कर्तव्य जइसन धाँसू फिल्म दे चुकल विक्रांत के अपना एह “एलान ए जंग” से बहुते उम्मीद बा काहे कि ऊ फिल्म के मुख्य नायक बाड़न आ पूरा कहानी उनुके इर्द गिर्द घूमत बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।