विक्रांत सिंह एलाने जंग कर दिहलें

भोजपुरी सिनेमा के नया नवेला स्टार विक्रांत सिंह के “एलान ए जंग” जल्दिये भोजपुरी परदा पर धमाल मचावे के तइयार हो गइल बा. मशहूर भोजपुरी निर्देशक रवि सिन्हा निर्देशित एह फिल्म में विक्रांत एक्शन से भरल भूमिका में बाड़न आ उनुकर नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा.

कुरुक्षेत्र, गुण्डईराज, आ कर्तव्य जइसन धाँसू फिल्म दे चुकल विक्रांत के अपना एह “एलान ए जंग” से बहुते उम्मीद बा काहे कि ऊ फिल्म के मुख्य नायक बाड़न आ पूरा कहानी उनुके इर्द गिर्द घूमत बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..