विक्रान्त आनन्द के तारीफ कइलन जॉन अब्राहिम

VikrantAnand1सिनेमा भोजपुरी के ही-मैन विक्रान्त आनन्द के एके साथ तीन गो फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ. बहुत कमे अभिनेता होलें जिनकर पहिचान फिलिम रिलीज होखे से पहिले बन जाला आ जब बॉलीवुड अभिनेता जॉन अब्राहिम तारीफ करसु त फेर का कहे के बा.पिछला दिने फिलिम शूट आउट एट वडाला के प्रोमोशन का दौरान बॉलीवुड अभिनेता जॉन अब्राहिम दिल्ली में विक्रांत आनंद के खूबे सरहलें.

जॉन कहलन कि उनुका बहुते खुशी बा कि उनका से वर्क आउट करावे वाला, उनकर फिटनेस ट्रेनर आ कोच रहल विक्रांत अब सिनेमा भोजपुरी में हीरो बन गइल बाड़न. कहलन कि ऊ चहीहें कि विक्रान्त हिन्दीओ सिनेमा में बतौर हीरो काम करसु.

वाकई जॉन अब्राहिम बड़हन दिल वाला हउवें आ इहो साँच बा कि विक्रांत आनंद नेक दिल इन्सान आ बढ़िया अभिनेता हउवें. विक्रांत के आवेवाली फिलिमन में “हमार लव स्टोरी”, “ममता का क़र्ज़” आ “विजय तिलक” शामिल बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..