'विजय पथ' के बाद 'गरदा' आ 'ज्वाला' को परोसत बिया “एस एस फिल्म फ़ैक्टरी”

ShahjahanSheikhएस एस फिल्म फ़ैक्टरी के भोजपुरी इंडस्ट्री में अइले दुइयो महीना ना भइल आ ई कंपनी अबही ले तीन गो फिलिम के परोसे काम शुरू कर दिहले बिया. एह फिलिमन में ‘विजयपथ’, एस के फिल्म्स चेन्नई के फिल्म ‘गरदा’ आ ‘शान परफरमिंग ग्रुप’ के ‘ज्वाला’शामिल बाड़ी सँ.

एस एस फिल्म फ़ैक्टरी के एह सराहेजोग काम देखि के ”भोजपुरी पंचायत सम्मान समारोह” में भोजपुरी इंडस्ट्री के उत्थान में आगे आइल कंपनी का रुप में सम्मानित कइल गइल. एस एस फिल्म फ़ैक्टरी के सचालिका शाह्जहाँ शेख के कहना बा कि उनका कंपनी के पहिला मकसद बा भोजपुरी सिनेमा के हित. बतवली कि उनकर कंपनी जल्दिए वितरणो के काम शुरू करे वाली बिया. आगे चल के फिलिम बनावे के कामो में लागे के इरादा रखले बिया एस एस फिल्म फैक्टरी


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..