विजय लाल के अभिनय काबिले तारीफ

निखिल एंटरटेनमेंट के फिल्म भईया के ससुरारी के में बिरहा सम्राट विजयलाल यादव बतौर अभिनेता नजर अइहें. फिल्म के निर्मात्री रीना एस पासी के कहनाम बा कि फिल्म में विजय लाल के अभिनय काबिले तारीफ बा. असल जिन्दगी में ऊ बढ़िया गायक हउवें एहसे परदा पर के गायक किरदार के ऊ बखूबी निभवले बाड़े. विजय लाल का साथे नायिका का रुप में पूनम सागर आ मीरा मूर्ति बाड़ी जा. रोमांटिक अभिनेता का रुप में त ऊ जमले बाड़े फिल्म में भवानी सिंहो का साथ जम के लोहा लिहले बाड़न. रोमांटिक आ एक्शन दुनु तरह का रोल में विजयलाल यादव बढ़िया काम कर देखवले बाड़ें.

निर्मात्री रीना एस पासी कहली कि फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।