निशी चौबे के कुरबानी बेकार ना जाई

बिहार के रहेवाली निशी चौबे सफल गृहिणी का भुमिका में रहते अब फिल्मो निर्माण क काम शुरु कर दिहले बाड़ी. उनकर ई प्रयास दोसरो औरतन के हौसला अफजाई करी जे घर का चहारदिवारी का भीतर रह के अपना भीतर के प्रतिभा दबवले रखले बाड़ी. निशी चौबे के भोजपुरी फिल्म कुरबानी में सामाजिक बुराईयन के उजागर कइल गइल बा. निशी चौबे कहत बाड़ी कि फिल्म के साफ सुथरा बनावल गइल बा जेहसे कि पूरा परिवार एक साथे बइठ के फिल्म देख सको.
Sudip Pandey in Kurbani
फिल्म कुरबानी के शूटिंग हैदराबाद में स्टूडियो में करावल गइल बा. फिल्म में कुल छह गो गाना बाड़ी सँ जवना के संगीत लाल सिन्हा बनवले बाड़े. एक्शन आ इमोशन से भरपूर एह फिल्म के नायक सुदीप पाण्डेय बाड़े जिनकर पहिलका फिल्म भोजपुरिया दारोगा सुपर हिट भइल रहुवे.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..