विदेशी लड़की पर रवि किशन के दिल आ गइल

दिलफेंक अभिनेता रविकिशन के दिल आजुकाल्हु एगो विदेशी अभिनेत्री पर आ गइळ बा. पहिलके दिन का शूटिंग में ऊ लड़की रविकिशन के अतना भा गइल कि ऊ ओकरा के अभिनय के ककहरा पढ़ावल शूरू कर दिहलन. एह विदेशी लड़की के नाम ह हेज़ल ब्राउनि. हेजल एह घरी रवि किशन का साथे बिहार के पुर्णिया में हिंदी फिल्म “जीना है तो ठोक डाल” के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी. एहमें रविकिशन के मुख्य भूमिका बा.

बिहारी परिवेश पर बनत एह फिल्म में रविकिशन, यशपाल शर्मा, फिल्म के निर्देशक मनीष वात्सल्य आ राहुल छुटभइया चोरन का भूमिका में बाड़े. ओह चोरन के अभिनेत्री हेज़ल के मारे के सुपारी मिलत बा. बाकिर रविकिशन ओह लड़की के मारे का बदले ओकरा से प्यार करे लागत बाड़े आ भिआह कर के बिहार ले आवत बाड़े.

इंगलैण्ड के निवासी हेजल एह फिल्म से पहिले पारले मोनाको के विज्ञापन में आ चुकल बाड़ी. रवि किशन पूछला पर बतवले कि हेजल में ऊ गुन बा कि ओकरा के देखते केहु के प्यार हो जाई. रवि किशन एह बात के ना नकरलन कि हेजल पर उनुकर दिल आ गइल बा. अभिनय के ककहरा सिखावे का बारे में रवि किशन के कहना बा कि हेजल का लगे जादुई व्यक्तित्व बा आ ओहमें अदाकारी मिला दिहला पर फिल्म अउरी चमक जाई.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..