विधवा विवाह के सन्देश देत साँवरिया आई लव यू

सिल्वर स्क्रीन पर एक से बढ़ के एक हिट फिल्म देबे वाला भोजपुरिया सुपर स्टार विनय आनन्द के लीक से हट के बनत फिल्म के नाम बा साँवरिया आई लव यू. एह फिल्म के जरिये निर्माता सीबी त्रिपाठी आ शंभू पांडे विधवा विवाह के संदेश लोग तक चहुँपावे के बीड़ा उठवले बाड़न, सुपर हिट फिल्म बृजवा के बाद विनय आनन्द आ दीपक दुबे एक बेर फेर से साथे आ रहल बाड़े. नायिका बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के रानी रानी चटर्जी. निर्देशन कर रहल बाड़े रामपाल सिंह. फिल्म के प्रस्तुत कर रहल बाड़े जीतेश दूबे, जे अपना फिल्मन से भोजपुरी सिनेमा के एगो नयागति दिहले बाड़े.

Vinay Anand with Rani Chatterjee in Sanwaria I Love You

आजुवो गाँव देहात में विधवा औरतन के हालत खराब रहेला. कमे उमिर में बिआह का बाद विधवा हो गइल लड़कियन के बहुते सामाजिक परेशानी झेले के पड़ेला. निर्माता निर्देशक लोग के कोशिश बा कि यूपी बिहार के विधवा विवाह के सच्चाई लोग का सामने ले आवल जाव. विनय आनन्द के भूमिका चउँकावे वाली बा. गौरवो घई नया तेवर में लउकिहन आ साथ में रहीहें काशी के चर्चित कलाकार अशोक गुप्ता.

पिछला दिने जब चांदीवली स्टूडियो में बहुत दिन बाद कवनो भोजपुरी फिलम् के शूटिंग होत रहुवे त प्रचारक शशिकान्त सिंह का रंजन सिन्हा के बोलहटा पर पत्रकारन के टीम चहुँपल त देखल लोग कि सौ से बेसी डांसरन का बीचे सुपर स्टार विनय आनन्द आ सुपर अदाकारा रानी चटर्जी का ऊपर स्टूडियो का खूबसूरत बगान में गाना फिल्मावल जात रहुवे. गाना के कोरियोग्राफी विनय आनन्द के पत्नी ज्योति आनन्द करत रहली. जरावत घाम में फिल्मावल जा रहल एह गाना के बोल रहुवे सोरह शृंगार कर के सोरह बरिस में महकल बाड़ू ए गोरिया. ठेठ भोजपुरिया अन्दाज में एह गीत के निलेश उपाध्याय आ खूशबू जैन गवले बा लोग.

राजस्थानी गेटअप में विनय आनन्द आ मराठौ ड्रेस में रानी चटर्जी के साथ पंजाबी भांगड़ा होखत देख सभे अचरज में रहे. गाना के कैमरा में कैद करत रहलें प्रमोद पांडे. कोरियोग्राफि करत ज्योति एह बात के ध्यान त राखत रहली कि विनय आनन्द के बहुते परेशानी मत होखे बाकि मेहनत करावे में कवनो कंजूसीओ ना करत रही. विनय आ रानी के जोड़ी एह गाना पर बहुते बढ़िया लागत रहुवे.

बाद में पत्रकारन से बतियावत निर्माता शंभू पांडे आ सी बी त्रिपाठी कहलन कि ई एगो पारिवारिक फिल्म बा जवना में विधवा विवाह के केन्द्रीय विषय बनावल गइल बा. निर्देशक रामपाल सिंह कहलें कि उनका खुशी बा कि अइसनका ज्वलंत मुद्दा पर फिल्म बनावे के मौका मिलल. निर्माता आ निर्देशक लोग अपना टीम खास कर के विनय आनन्द, रानी चटर्जी, गौरव घई, आ दीपक दूबे के खूब तारीफ कइल.

बाद में कोरियोग्राफर ज्योति आनन्द से पुछल गइल कि भोजपुरी में राजस्थानी आ मराठी लुक पर पंजाबी नाच के कवनो खास वजह? जवाब दिहली कि कास्ट्यूम राजस्थानी ना हऽ, बस रुटीन से अलगा बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।