विधानपरिषद चुनाव सपा में बगावत

RampalYadav
आजु हो रहल वोटिंग में यूपी के सरकार चलावत सपा में बगावत होखे क खबर आवत बा. सपा से निकालल जा चुकल विधायक रामपाल यादव के दावा बा कि नाहियो त एक दर्जन सपा विधायक भाजपा के वोट दिहले बाड़न.

सपा के विधायक गुड्डू पंडित अउर मुकेश शर्मा त भाजपा के संगीत सोम का साथे अइलन आ वोट डलला का बाद कहलन कि अपना जमीर के वोत दिहनी ह जा. एगो अउर विधायक रामचंदर चौधरीओ का बारे में कहल जात बा कि उहो क्रॉस वोटिंग कइले बाड़न.

बसपा से निकालल जा चुकल राजेश त्रिपाठी के वोटो भाजपा के मिले के बात कहल जात बा. अपना दल के आरके वर्मा आ रालोद के सुदेश वर्मा का बारहूं में इहे बतावल जात बा कि इहो लोग क्रॉस वोटिंग कइले बा.

आजु के वोट गुप्त मतदान रहुवे बाकिर काल्हु राज्यसभा वाला वोट खुला होखे क बा. आजु सँझिया जब वोट गिनाई त सगरी हकीकत सोझा आ जाई तबले राजनीतिक गोलन के साँस थमाइल बा.

जान लीं कि उत्तर प्रदेश विधान परिषद के 13 गो सीटन के चुनाव में 14 गो उमेदवारन का होखला का चलते वोटिंग जरुरी हो गउवे. भाजपा का लगे एके आदमी के जितावे जोग वोट बा बाकिर ऊ दयाशंकर सिंह के दुसरका उमीदवार बना के आपन ताकत आजमावे के फैसला क लिहलसि. बाकिर अगर क्रास वोटिंग के बोत सही निकलल त हारे वाला उमीदवार सपा के होखी जे 8 जने के मैदान में उतरले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..