विधानसभा उपचुनाव ला आखिरी दिने छपरा से पाँच गो परचा दाखिल

छपरा विधानसभा उपचुनाव खातिर परचा दाखिला के आखिरी दिने अतवार के भाजपा का तरफ से कन्हैया सिंह समेत पाँच जने आपन परचा दाखिल कइलन. ई मिला के अब बारह जने मैदान में उतर चुकल बाड़न. आजु परचा दाखिल करे वाला में भाजपा के कन्हैया सिंह, कांग्रेस से बागी प्रीतम यादव, बिहार जनक्रांति पार्टी से अर्पणा देवी, आ निर्दल कृष्णा प्रसाद आ कृष्ण कुमार गुप्ता आपन आपन परचा दाखिल कइले. पहिले से राजद जदयू कांग्रेस का ओर से रणधीर कुमार सिंह, बिहार जनता पार्टी के चन्दन कुमार गुप्ता, आ निर्दल डा.सीएन गुप्ता, एमके सिंह, प्रीतम यादव, ललन प्रसाद, योगेन्द्र यादव, वाममोर्चा के संतोष कुमार पांडेय परचा दाखिल क चुकल बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।