विधानसभा चुनाव से पहिले गोटी सेट करत 67 आई.ए..एसन के तबादला

यूपी के सपा सरकार अगिला साल होखे डात विधानसभा चुनाव के तइयारी करत 67 गो बड़का अधिकारियन के हेने से होने कर दिहले बिया.
एह फेरबदल का बाद यूपी के 22 गो जिलन के जिलाधिकारियन के बदल दिहल गइल बा.
अबले सूचना निदेशक रहत आशुतोष निरंजन के गोण्डा के जिलाधिकारी, चन्दौली के जिलाधिकारी सुरेन्द्र विक्रम के हटा के परिवहन विभाग भेज दीहल गइल बा. गोरखपुर के सीडीओ कुमार प्रशान्त के चन्दौली के जिलाधिकारी बनावल गइल बा. श्रावस्ती के जिलाधिकारी राघवेन्द्र विक्रम सिंह के बस्ती के जिलाधिकारी बनावल गइल बा. वाराणसी विकास प्राधिकरण में तैनात दिनेश कुमार सिंह के वाराणसी के जिलाधिकारी बना दीहल गइल बा. सिद्धार्थनगर के जिलाधिकारी नरेन्द्र शंकर पाण्डेय बनावल गइल बाड़न. गाजीपुर के जिलाधिकारी संजय कुमार खत्री के बनावल गइल बा. बलिया का जिलाधिकारी राकेश कुमार के बनावल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।