विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा उमीदवारन के नाम घोषित


नयी दिल्ली, 15 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) उत्तर प्रदेश अउर बिहार के विधान परिषद चुनाव खातिर अपना उमीदवारन के नाम आजु घोषित क दिहलसि.
भाजपा का ओर से जारी विज्ञप्ति में एह उमीदवारन में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, आ मंत्री मंगल पांडेय अउर उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री महेंद्र सिंह आ मोहसिन रजा के नाम शामिल बा.
उत्तर प्रदेश विधान परिषद के चुनाव ला 10 गो उमीदवारन के नाम सूची में बा. ई उमीदवार बाड़ें – डॉ महेंद्र सिंह, मोहसिन रजा, डॉ सरोजनी अग्रवाल, बुक्कल नवाब, यशवंत सिंह, जयवीर सिंह, विद्यासागर सोनकर, विजय बहादुर पाठक, अशोक कटारिया, आ अशोक धवन.
बिहार विधान परिषद चुनाव ला 13 गो उमीदवार बनावल गइल बाड़ें – उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, मंगल पांडेय, आ संजय पासवान.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।