विधायक अंबिका यादव के भतीजा के गोली लागल

कैमूर जिला के छतरपुरा गांव में आजु राजद विधायक अम्बिका यादव के भतीजा विनोद यादव के दिनदहाड़े गोली मार के घाहिल कर दिहल गइल. बतावल जात बा कि बदमाश उनुका के लूटल चाहत रहलें बाकिर गोली लगला का बावजूद विनोद यादव आपन मोटर साइकिल चलावत भाग गइलन. खून गिरला का चलते तिरोजपुर गाँव का लगे ऊ ढिमला गइलन.

विनोद यादव गोड़सरा में बैंक पाँच लाख रुपिया निकाल के दुर्गावती बिछिया राइस मिल जात रहलन जब उनुका पर ई हमला भइल. पुलिस अगल बगल के इलाका सील कर के बदमाशन के धर पकड़ में लागल बिया बाकिर अबहीं ले केहू के पकड़ाए के खबर नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।