विनय आनंद आ अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर

VinayAnand-AnjanaSinghसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद आ अंजना सिंह के हॉट जोड़ी पहिला बेर भोजपुरी फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ में नजर आई. एह फिलिम में एह जोड़ी के अलावे नंबर वन खलनायक संजय पांडे के भूमिको खास बा. विनय आ अंजना के तरोताजा जोड़ी ले के आइल बाड़े ‘बिहारी रिक्शावाला’ के निर्माता अंशुल गुप्ता आ निर्देशक हैं अविनाश त्रिपाठी.

बैनर कबीर फिल्म्स इंटरटेनमेंट के ह, कहानी सतेन्द्र गुप्ता आ अविनाश त्रिपाठी के लिखल, आ कैमरामैन हउवें प्रमोद पांडे. एह फिलिम में विनय आनंद, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, श्रुति दुबे आ संजय पांडे के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।