विनय आनंद के जनमदिन मनावल गइल

सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार आ मशहूर नेता अभिनेता गोविन्दा के भगीना विनय आनंद के 33वाँ जनम दिन पिछला शुक का दिने पटना के एक्जिबिशन रोड स्थित आचार्या इंस्टीच्युट में धूमधाम से मनावल गइल.

विनय आनंद फैन्स एसोसिएशन के बैनर तले आयोजित एह कार्यक्रम में आचार्य इंस्टीच्युट के छात्र केक काट के विनय आनन्द के जनमदिन मनवलन. एहसे पहिले एसोसिएशन के कार्यकर्त्ता पटना जंक्शन पर यात्रियन का बीच मिठाई बँटले आ विनय आनंद के लमहर उमिर के कामना कइले.

एह अवसर पर एसोशिएसन के अध्यक्ष अमर ज्योति, राजीव रंजन, चंदन कुमार, मोहन प्रसाद, दीपक कुमार, संतोष परमीत, राजू आर्यन समेत फिल्मी जगत से जुड़ल अनेके लोग उपस्थित भइल.


(रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।