विनय आनंद के ‘मोरा बलमा छैल छबीला’

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनंद के फिल्म ‘मोरा बलमा छैल छबीला’ मुंबई में एह शुक से हंगामा बरपावे जात बिया. कमाल के एक्शन भरल आ पूरा पारिवारिक ई फिल्म ‘मोरा बलमा छैल छबीला’ विनय आनंद के एह साल 2012 के पहिलका फिलिम होखे जात बिया. विनय आनन्द त उत्साहित पड़ले बाड़न बाकियो लोग कहत बा कि फिल्म कमाल के बिजनेस करी.

एह फिल्म के नायक नायिका सुपर स्टार विनय आनंद आ रानी चटर्जी एगो लमहर अरसा बाद एक साथ लउके जात बा लोग. विनय आनन्द के एगो अउरी फिलिम “पागल प्रमी”ओ के चरचा खूबे होखत बा. एहमें विनय आनन्द का साथे संगीता तिवारी बाड़ी.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..