विनय आनंद के सबले डरावन फिलिम ‘मंगल फेरा’

सिनेमा भोजपुरी में डरावनी फिलिमन के हमेशा कमी रहल बा, अब एह कमी के दुर करे आवत बावे विनय आनंद के फिलिम ‘मंगल फेरा’. एह फिलिम के पूरा शूटिंग नेपाल में भइल बा आ एह फिलिम के बनावे में बहुते उच्च तकनीक के इस्तेमाल भइल बा. फिलिम के हॉरर सभकर रोंआ खड़ा कर दी.

गायत्री राठौड़ के बनावल आ श्रीधर शेट्टी निर्देशित एह फिल्म के कहानी दर्शन राठौड़, पटकथा पियूष शाह अउर श्रीधर शेट्टी, आ संवाद मोहम्मद रफी खान लिखले बाड़ें, संगीतकार हउवें राकेश त्रिवेदी, कैमरामैन हउवें श्रीनिवास आर.

ई फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सि्ह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।