विनय आनंद नचवले मुग्धा गोडसे के

भोजपुरी फिल्मों सुपर स्टार आ गायक विनय आनंद पिछला दिने हिन्दी फिलिमन के चर्चित अभिनेत्री मुग्धा गोडसे के अपना भोजपुरी फिलिमन के गाना पर जम के ठुमका लगववलन. ई देख विनय आनन्द के मामा गोविंदो अपना के रोक ना पवले आ उहो विनय का साथे भोजपुरी गाना पर मुग्धा गोडसे संग ठुमका लगवलन.

गोविंदा, विनय आनंद अउर मुग्धा गोडसे के ई रंगारंग कार्यक्रम विरार में आयोजित भइल रहे. विरार में हर साल दिग्गज नेता हितेन्द्र ठाकुर एह धार्मिक सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन करावेले. ई एह कार्यक्रम के पचीसवां साल रहुवे. अपना मनपसन्द सितारन के एक झलक देखे खातिर विरार में लगभग 30 हजार लोग के भारी भीड़ जमा रहुवे. विनय ठेठ भोजपुरिया अंदाज़ में मुग्धा गोडसे के मंच पर नेवतले आ मुग्धा के अपना भोजपुरिया गाना पर नाचे खातिर मजबूर कर दिहलन. भोजपुरी गाने पर नाचत मुग्धा बहुते खुश लउकली.

कार्यक्रम के आयोजक हितेन्द्र ठाकुर के बड़ाई करत विनय आनन्द कहलन कि एह तरह के कार्यक्रम से कलाकारन के हौसला बढ़ेला.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।