विनय आनन्द अपना ननिहाल के हिट करा दिहलें


विनय आनन्द के बढ़िया से मालूम बा कि अपना फिल्म के हिट करावे के फण्डा का होला. अधिकतर भोजपुरी सितारा मुंबई मे रहतो मुंबईयो में अपना फिलिम के प्रचार करे ना निकलसि जबकि पिछला दिने विनय आनन्द अपना फिल्म “ननिहाल” के प्रोमोशन करे खातिर पूरा एक हफ्ता बिहार में गुजरलें. ऊ पटना, गया, आरा, छपरा, मोतिहारी सभतर गइलन. रेडियो पर अइलन, टीवी चैनलन पर शो में शामिल भइलन. कहे के मतलब विनय आनन्द “ननिहाल” खातिर ऊ सब कइलन जवन बालीवुड स्टार अपना हिन्दी सिनेमा के प्रोमोशन खातिर करेलें. सुखद परिणाम ई रहल कि “ननिहाल” हिट हो गइल. एक जगहा दर्शकन से बतियावत घरी एगो दर्शक उनुका से पूछलसि कि भोजपुरी में अइसन साफ सुथरा फिलिम काहे ना बने त विनय आनन्द के जवाब रहे, अइसन फिलिम हिट होखे लगीहें सँ त बनलो शूरु हो जाई. अब “ननिहाल” के सफलता से विनय आनन्द तय कर लिहले बाड़न कि अब से ऊ अपना हर फिलिम के एही तरह प्रोमोशन करीहें. आशा कइल जाव कि बाकियो स्टार अइसने करीहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।