विनय आनन्द के नायिका पंचमी


पहिला हाली हो रहल बा जब कवनो सुपर स्टार के पाँच गो नायिका एके साथ उतारल जात बाड़ी सँ. भोजपुरी सिनेमा में सुपरस्टार विनय आनन्द खातिर पाँच गो नायिका “दामाद चाहीं फोकट में” खातिर उतारल जा रहल बाड़ी. फिल्म के शूटिंग मुंबई में तेजी से हो रहल बा. हँसावत हँसावत लोट पोट करा देबे वाली एह फिल्म के निर्माण कार्पोरेट कंपनी इंडस सिने प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ का बैनर में निर्माता जय विजय सिंह आ अरुणेश कर रहल बाड़े. निर्देशक बाल किशन सिंह, लेखक शिवकुमार प्रसाद, संगीतकार के॰रत्नेश, गीतकार सतीश तिवारी अउर महेश कुमार झा, आ छायाकार सुरेन्द्र सिंह हउवें.

फिल्म के कलाकारन में विनय आनन्द के अलावा श्वेता मिश्रा, जीतेन्द्र कुमार, कनिष्का गुप्ता, तनवीर कृति, भागीरथी, मनोज टाइगर, पुष्पा वर्मा, किशन देव, गोपाल राय, विनोद त्रिपाठी, संजय पांडेय. संतोष श्रीवास्तव, सी॰पी॰भट्ट, रमेश दुबे, राज शुक्ला वगैरह के नाम बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..