विनय आनन्द दिहले असली पुलिस अधिकारी के थर्ड डिग्री

थाना में पुलिस त अपराधियन के थर्ड डिग्री हमेशा से देत आइल बिया बाकिर पिछला दिने छत्तीसगढ़ के एसपी सिटी शशि मोहन सिंह के उनुके थाना में थर्ड डिग्री मिल गइल. भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी भाषा में बनत फिल्म “हमरा नामे जिला हिलेला” में एसपी साहब एगो भ्रष्ट अधिकारी के भूमिका में बाड़न. एगो पुलिस स्टेशन में चलत शूटिंग का दौरान विनय आनन्द ओह अधिकारी के थर्ड डिग्री देत रहले आ बेचारे पुलिस वाले अपना सामने उनका पर होत थर्ड डिग्री के मन मसोस के देखत रहले. विनय आनन्द एह सीन के शूटिंग खातिर जम के तइयारी कर के आइल रहले तब जा के अइसन सीन बनल जवन एकदम रियल लागत रहे.

एह फिल्म के निर्देशक रवि सिन्हा बाड़े जिनकर निर्देशित फिल्म “भोजपुरिया डॉन” एह घरी मुंबई में हंगामा मचवले बिया.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।