विनय आनन्द बंधनमुक्त

लागत रहे कि मेला ह. सभे पिकनिक का मूड में रहे. सीन में विनय आनन्द अपना दोस्तन का पलटन का साथे कृशा खंडेलवाल के पीछे हाथ मुँह धो के पड़ल रहले आ कृशा रहली कि घास का, एगो तिनको डाले के तइयार ना रहली. बाकिर विनय आनन्द अपना हठ से ओह नकचढ़ी लड़िकी के पटाइये लिहलन. ई दृश्य रहुवे निर्माता संतोष झा के फिल्म “बंधनमुक्त” के जवना के लेखक निर्देशक हउवें रामअनुग्रह नारायण झा. शूटिंग वाला गाना के बोल रहे “कम कपड़ा में जान तू बड़ा हॉट लागेलू” आ सांचहू कृशा अपना शार्ट पैंट आ स्कर्ट में बिजली गिरावत रहली. फिल्म के कहानी दू गो कालेजिया प्रेमियन के ह जवना रिश्ता के सामाजिक मान्यता नइखे. एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनन्द, कृशा खंडेलवाल, बादल सिंह, पायल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, देव सिंह, गोपाल राय, शिव बाबा, अभय राय आ विजय यादव वगैरह शामिल बाड़े. नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री के, संगीट अभिजीत झा आ गणेश पाण्डेय के, गीत श्याम देहाती, संजय सुहाना आ अशोक के बा. छायाकार सुजान धीरु आ संवाद लेखक संजीट कुमार हउवें. फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हवे यशी फिल्म्स.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।