विनय आनन्द बनलन रानी चटर्जी के साँवरिया

Vinay Anand

चार्मिंग स्टार आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द आ हॉट एंड हिट एक्ट्रेस रानी चटर्जी के जोड़ी भोजपुरी फिल्म साँवरिया आई लव यू में देखे के मिली. जितेश दूबे के प्रस्तुति आ निर्माता शंभू पाण्डे आ सीबी त्रिपाठी के एह फिल्म के निर्देशन रामपाल सिंह कर रहल बाड़े. एह फिल्म में विनय आनन्द आ रानी चटर्जी का अलावा फिल्म बृजवा से चर्चा में आइल दीपक दूबे, दिव्या द्विवेदी, गौरव घई, आ अवधेश मिश्रा के मुख्य भूमिका बा.

कमाल के एक्शन आ रोमांस से भरल एह फिल्म साँवरिया आई लव यू में विनय आनन्द आ रानी चटर्जी के जोड़ी देखेवालन के बहुते पसन्द आई. हालही में अपना फिल्म दामिनी के शूटिंग से लवटि के सीधे बनारस चहुँपलन जहाँ साँवरिया आई लव यू के शूटिंग का बाद ऊ बनारसे में अपना दोसर फिल्म ननिहाल के शूटिंग करीहन. ननिहाल में विनय के नायिका बाड़ी मोनालिसा.

साँवरिया आई लव यू के गीतन के कोरियोग्राफी विनय आनन्द के पत्नी ज्योति आनन्द कइले बाड़ी. फिल्म में ज्योति विनय के प्रेम के पाठ पढ़ावत नजर अइहें.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।