विनय आनन्द बुलन्दी का चोटी पर


भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द के आजुकाल्ह तूती बोल रहल बा. उनकर अगिलका फिल्म “तुलसी बिन सूना अँगनवा हमार” का बारे में अबहिये से कहल जा रहल बा कि ई फिल्म विनय आनन्द के कैरियर के एगो नया ऊँचाई पर ले जाई आ महिला दर्शकन के वापिस भोजपुरी सिनेमा देखावे वाला सिनेमा घरन तक ले आवे के काम करी. एह फिल्म में विनय आनन्द, मोनालिसा, आ रुबी सिंह का अलावे आयटम गर्ल सीमा सिंह शामिल बाड़ी. पिछला दिने जेमिनी स्टूडियो का सेट पर फिल्म के एगो आयटम डांस में सीमा सिंह आ विनय आनन्द समाँ बान्ह दिहले. शूटिंग देखत भीड़ एह डांस के देख के आनन्द विभोर हो गइल. विनय आनन्द के नृत्य कला का बारे में त पहिलही से मालूम रहे बाकिर एह फिल्म में उनुकर गजबे नीमन डाँस बा. वितरक लोग एह फिल्म पर अबहिये से आँख गड़ावल शूरु कर दिहले बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।