विराज भट्ट आ अक्षरा सिंह फेरू ‘दौलत की जंग’ में

Viraj-in-DaulatKijung
भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट आ हॉट गर्ल अक्षरा सिंह के जोड़ी के फिलिम ‘दौलत की जंग’ फेरु प्रदर्शन से पहिलहीं से चरचा में बावे. किशोरी फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता धुपेन्द्र भगत, निर्देशक रत्नेश सिन्हा, गीतकार दिनेश दिलकश, संगीतकार सुरेश आनंद, सह निर्माता मानकी देवी अउर लखमती देवी, कार्यकारी निर्माता राजा अउर जेपी, कैमरा मैन अश्विन प्रभाकर, आ मारधाड़ निदेशक सिंह इज किंग हउवें.

एह फिलिम के शूटिंग बिहार के सिवान में भइल बा.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, अक्षरा सिंह, कृष्णा भट्ट, तनुश्री, अवधेश मिश्रा, अली खान, गुरुबचन सिंह, आ आनंद मोहन शामिल बाड़ें. ग्लोरी सुनिता पांडे के दिलकश आयटम नंबर बा.

बतावल जात बा कि एह फिलिम के बनावे में पूरा लगन से मेहनत भइल बा. हालफिलहाल एकर एडिटिंग के काम मुंबई में चलत बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।