विराज भट्ट आ मोनालिसा पहिला बेर एकसाथ

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ हॉट गर्ल मोनालिसा के जोड़ी पहिला बेर ‘बारूद’ में विस्फोट करे जा रहल बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, सीता आर्टस प्रस्तुत आ कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनल ‘बारूद’ में विराज आ मोनालिसा पर एक से बढके एक गाना फिल्मावल गइल बा. फिल्म के निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद हउवे जे भोजपुरिया परदा पर ‘दीवाना’, ‘दाग’, आ ‘दिलजले’ जइसन सुपर-डुपर हिट फिलिम दिहले बाड़े. बारूद फिल्म में एक्शन स्टार विराज भट्ट, हॉट गर्ल मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनीष चतुर्वेदी, निरज राज पौडेल, अयाज खान, विपीन सिंह, देव सिंह, वंदिनी मिश्रा, छोटू दादा, नन्हे पाण्डेय, हीरा लाल यादव, गोलू आ दीपक भाटिया के खास भूमिका बा, बकौल विराज भट्ट एह फिल्म में दर्शक उनुका के एक्शन का साथ-साथ रोमांटिको भूमिका में देख पइहे. विराज के पूरा उमेद बा कि ‘बारूद’ सफल रही.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।