विराज भट्ट आ रिंकू घोष फेरू एक साथे

Rinku-with-director-JagdishSharma
भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट आ भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष एक बार फेरू ‘हथियार’ फिलिम में नजर आवे वाला बाड़े. एहसे पहिले ई जोड़ी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ में नजर अइल रहुवे. लीक से हट के बनल एह फिलिम का बाद सभे विराज आ रिंकू के जोड़ी के मुरीद हो गइल रहे.

हथियार फिलिम के निर्देशन जगदीश शर्मा करत बाड़न. जगदीश शर्मा उर्फ मुन्ना भाईओ रिंकू घोष के काम से आ उनुकर मीठ बेवहार से रिंकू के मुरीद बन गइल बाड़न. इनकर कहना बा कि रिंकू का साथ काम करे में कवनो तनाव ना होखे काहे कि उ कवनो नाटक ना करसु. एक बेर सेट पर आ गइली त काम पूरा कराइए के जइहें. हमेशा अपनहु हँसत रहेली आ दोसरो के टेंशन फ्री करा देली. जगदीश शर्मा कुछ अउरिओ फिलिमन में रिंकू घोष संगे काम करे के प्लान बनावत बाड़न.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।