विराज भट्ट का लगे भोजपुरी सिनेमा के लाइन लागल बा


विराज भट्ट आजुकाल्हु सफलता के सातवाँ आसमान पर विचरत बाड़े. कई गो फिल्मन में व्यस्त विराज भट्ट का सोझा फिल्म के लाइल लागल बा. अबहीं विराज रामाकान्त प्रसाद के “दिलजले” का शूटिंग में व्यस्त बाड़न. रामाकान्त प्रसाद एह साल अबले तीन गो सुपर हिट फिल्म दे चुकल बाड़े. आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के “दुश्मनी” करीब करीब बन के तइयार बिया. अउरी फिलिम जवना में विराज काम करत बाड़े ओकनी के नाम बा “आ जा ओढ़निया तान के”, “होत बा जवानी जियान ए राजाजी”, “कइसन पियवा के चरित्तर बा”, “एलाने जंग”, “प्यार करे ला हिम्मत चाहीं”, “मल्लयुद्ध” वगैरह.

एह साल विराज भट्ट के दू गो फिलिम सुपर हिट भइल बाड़ी सँ, “दामिनी” आ “दाग”.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।