विराज भट्ट के खतरनाक स्टंट

Viraj Bhattजल्दिये रिलीज होखे जा रहल भोजपुरी फिल्म “होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी” में भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट कई गो खतरनाक स्टंट करत नजर अइहें. अपना प्रेमिका रुबी सिंह के दुश्मनन का चंगुल से छोड़ावे खातिर विराज भट्ट एह फिल्म में बहुते खतरनाक स्टंट सीन कइले बाड़न. उनका के अपना हाथ पर बैलगाड़ी, जीप, आ कार तक उठावत देखल जा सकेला एह फिल्म में. एही फिल्म से लोकप्रिय गायक शनि कुमार शनिया आपन अभिनय कैरियर के शुरुआतो करे जा रहल बाड़न. फिल्म में एह लोग का अलावा छोटू छलिया, श्यामली श्रीवास्तव, गोपाल राय, सत्या पाण्डेय, आलोक यादव, संजय पाण्डे वगैरह कलाकार मौजूद बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।