विराज भट्ट के खतरनाक स्टंट

Viraj Bhattजल्दिये रिलीज होखे जा रहल भोजपुरी फिल्म “होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी” में भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट कई गो खतरनाक स्टंट करत नजर अइहें. अपना प्रेमिका रुबी सिंह के दुश्मनन का चंगुल से छोड़ावे खातिर विराज भट्ट एह फिल्म में बहुते खतरनाक स्टंट सीन कइले बाड़न. उनका के अपना हाथ पर बैलगाड़ी, जीप, आ कार तक उठावत देखल जा सकेला एह फिल्म में. एही फिल्म से लोकप्रिय गायक शनि कुमार शनिया आपन अभिनय कैरियर के शुरुआतो करे जा रहल बाड़न. फिल्म में एह लोग का अलावा छोटू छलिया, श्यामली श्रीवास्तव, गोपाल राय, सत्या पाण्डेय, आलोक यादव, संजय पाण्डे वगैरह कलाकार मौजूद बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..