विराज भट्ट के ‘जानेमन’ के जादू

VirajBhatt
एक्शन किंग विराज भट्ट आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार खेसारी लाल यदव के मुख्य भुमिका वाली भोजपुरी फिलिम ‘जानेमन’ के जादू सगरी बिहार में चलत बा आ खूब चलल बा.

एह फिलिम के बिहार में पचास गो से अधिका सिनेमाघर में देखावल जात बा आ हर जगहा फिलिम कामयाब लउकत बिया. दरभंगा के क्रेज सिनेमा घर में विराज भट्ट के जलवा देखते बनत बा. विराज भट्ट के परदा पर आवते लोग जोरदार ताली बजावे लागऽता आ उनुका एक एक डायलाग प सीटी बजावत बा लोग.

अपना एह कामयाबी से खुश विराज भट्ट बहुते उत्साह में बाड़़न. कहऽतारें कि उनकर मकसद हमेशा बस इहे रहेला कि दर्शकन के खुशी मिले. साथही खेसारी लाल यादवो के जम के सरहत विराज के कहना बा कि जबे दुनू जने मिलेलें त जम के कामेडी होखेला आ पूरा यूनिट हमनी के एह आदत के मजा लेले.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।