विराज भट्ट स्टारर ‘मर्द तांगेवाला’ के जलवा बिहार में बरक़रार

एक्शन स्टार विराज भट्ट स्टारर ‘मर्द तांगेवाला’ बिहार में धमाकेदार ढंग से रिलीज होके सुपर डुपर हिट हो गइल बा. बाली के निर्देशन में बनल एह फिलिम के निर्माता हउवें सूर्यकांत. कहानि बाली के लिखल, पटकथा संवाद मनोज पाण्डेय के, गीत संगीत श्याम देहाती के, कैमरासंचालन जहांगीर सैय्यद के, कला निर्देशक विजय शाह, मारधाड़ इकबाल सुलेमान के आ संपादन गोविंद दुबे के बा.

लीक से हट के बनल एह फिलिम के पूरा परिवार एक संगे बइठ के देखत बा. फिल्म के सफलता से भोजपुरी सिनेमा में विराज भट्ट के रुतबा अउर बढ़ गइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।