विराट भट्ट स्टारर ‘मैदान-ए-जंग’ मुंबई में रिलीज भइल

VirajBhatt-MaidaneJungभोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट के फिलिम ‘मैदान-ए-जंग’ 28 जून के मुम्बई में धमाकेदार ढंग से रिलीज भइल. मुम्बई में एकरा बहुते बढ़िया ओपनिंग मिलल. हर जगहा सबरेही से लमहर लमहर लाइन लागल रहे दर्शकन के.

एगो कर्तव्यनिष्ठ पुलिस ऑफिसर के साहसिक कारनामा देखावत एह फिलिम में देखावल गइल बा कि कइसे एगो अकेला पुलिस अधिकारी गुण्डाराज क खात्मा करऽता. एक्शन इमोशन से भरल एह फिलिम के प्रमुख कलाकार हउवें विराज भट्ट, प्रिया शर्मा, दीपक भाटिया, हीरा यादव, कृष्णा पाण्डे, प्रिया कपूर, वी.के. गुप्ता, राजेश, बबलू यादव, ओम प्रकाश, ज्योति, जितेन्द्र सिंह आ मेहमान भूमिका में पल्लवी सिंह.

कथा-पटकथा रवि गुप्ता, संवाद मिथिलेश अविनाश, संगीत गुणवंत सेन, गीत विनय बिहारी, अशोक सिन्हा आ सागर परदेसी, एक्शन हीरालाल यादव, नृत्य संतोष कुमार आ रिकी गुप्ता अउर कैमरामैन जगमिंदर हुंडल हउवें.

अब विराज भट्ट आपन पूरा ध्यान अपना आवेवाली फिलिमन पर लगवले बाड़ें. एह में ‘ई कईसन प्रथा’, ‘विराज तड़ीपार’, ‘कसम वर्दी के’ आ ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।