विशाल तिवारी के “चरणों की सौगंध”

VishalTiwari-actionsceneभोजपुरी सिनेमा के डायनामिक स्टार विशाल तिवारी के जलवा उनुका आवे वाली फिलिम “चरणों की सौगंध” में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में विशाल तिवारी का साशे साथ भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादवो बाड़न. निर्देशक बाली के एह फिलिम में विशाल तिवारी के नायिका बाड़ी काजल राघवानी.

एह फिलिम के किरदार से खुश विशाल बतावत बाड़े कि जब एह किरदार का बारे में बतावल गइल त तुरते हामी भर दिहले रहलें. फिलिम में खेसारीलाल आ विशाल तिवारी के देख के लोग हिन्दी फिलिम “दीवार” के शशि कपूर आ अमिताभ बच्चन के भुमिका याद करे लागी.

पूर्वा प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता हउवन सुर्यकांत. फिलिम एही महीना मुंबई आ बिहार में रिलीह होखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।