विशाल तिवारी हैदर काजमी से लड़ाई आ अंजना सिंह से प्यार

Vishal-Anjana-Ladaaiसुपर हिट फिल्म ‘भाई जी’ से चरचा में आइल अभिनेता विशाल तिवारी आ सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी के फिलिम ‘लड़ाई’ के सेट पर साँचहु अइसन लड़ाई हो गइल जवन कमे देखे के मिलेला. जहानाबाद में चलत शूटिंग छोड़ विशाल तिवारी जाए के मन बना लिहलन तबले पता ना नायिका अंजना सिंह कान में कवन मंतर फूंक दिहली कि विशाल तिवारी हँस के हैदर काजमी के देखे लगलन. बाद में तमतमाइल हैदरो काजमी के अंजना प्यार भरल मुसुकी मरली त उहो मुसुकाए लगलन. विशाल तिवारी पूछलो पर नइखन बतावत कि अंजना कवन मंतर फूंकले रहली उनका कान में. कहलन कि ई बस उहे आ अंजना जनीहें.

बक्सर, बिहार के मूल निवासी विशाल तिवारी फिलिम ‘भाई जी’ से बतौर नायक परदा पर अइलें आ सिने प्रेमियन के पसंदीदा बन गइला से फेरू ‘लड़ाई’ के माध्यम से सिने प्रेमियन से रूबरू होखे वाला बाड़न.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।