विश्वकप खातिर भारत के टीम के चयन

विश्व कप खातिर भारत के टीम खातिर पन्द्रह गो खिलाड़ी चुनल गइल बाड़ने जवना में यूपी के पियूष चावला के नाम देख के सभे चउँकल बा काहे कि पियूष साल २००८ का बाद से टेस्ट भा वनडे नइखन खेलले. साथही कुछ खेल आलोचको एकरो पर चकित बाड़न कि हरभजन सिंह का रहला का बाद दोसरका स्पेशलिष्ट लेग स्पिनर रखला के का जरुरत रहल. एह टीम में सचिन तेंदुलकर, वीरेन्द्र सहवाग, गौतम गंभीर, आ प्रवीणकुमार घवाहिल होखला का चलते पूरा तरह फिट नइखन बाकिर चयनकर्ता एह उमेद में ओह लोग के नाम शामिल कइले बाड़न कि खेल शुरु होखे तक ई लोग ठीक हो जाई. टीम में महेन्द्र सिहं धोनी कप्तान, वीरेन्द्र सहवाग उपकप्तान, सचिन तेंदुलकर, गौतम गंभीर, विराट कोहली, युवराज सिंह, सुरेश रैना यूसुफ पठान, हरभजन सिंह, जहीर खान, आशीष नेहरा, प्रवीण कुमार, मुनाफ पटेल, आर अशथविन, आ पियूष चावला के शामिल कइल गइल बा. एहमें से यूपी से सुरेश रैना, प्रवीण कुमार, आ पियूष चावला के नाम बा. बिहार से कवनो खिलाड़ी टीम में नइखे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..