विश्वनाथ मन्दिर अतिथिगृह बनवाई

वाराणसी 30 अक्टूबर (वार्ता) धार्मिक नगरी वाराणसी के काशी विश्वनाथ मन्दिर प्रशासन दर्शन पूजन करे खातिर दूरदराज से आवे वाला श्रद्धालुअन खातिर एगो बहुमंजिला अतिथिगृह बनवावे के फैसला कइले बा.

मुख्य कार्यपालक अधिकारी सुशील कुमार मौर्य एह बाबत प्रस्ताव बना के शासन के भेजले बाड़न. एकरा खातिर मंदिर का अगल बगल में जमीन के तलाश शुरू हो गइल बा. अगर एहिजा ना मिलल त कहीं अउरिओ बनवावल जा सकेला.

बतवलन कि एह अतिथिगृह मे पँच सितारा होटल जइसन सुविधा आ खाए के इंतजाम रही.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।