विश्वविद्यालय के खुरचाल से आरा में मेडिकल कॉलेज खोले में दिक्कत

बिहार सरकार शहर के बीचोबीच आरा टीसन का नियरा खाली पड़ल कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के 25 अकड़ जमीन आरा मेडिकल कॉलेज खातिर अधिग्रहण करे के फैसला कइले बिया. बाकिर खुरचाली विवि प्रबंधन नइखे चाहत कि विश्वविद्यालय के जमीन पर मेडिकल कॉलेज खुले.
जबकि सरकार ओकरा बदले विश्वविद्यालय के कोईवनर हॉस्पीटल के जमीन देबे के तइयार बिया.
जान जाईं कि विश्वविद्यालय कार्यालट यदि शहर से तनी दूरा खुले त कवनो बड़हन दिक्कत नइखे होला वाला. बाकिर शहर का बीचोबीच अस्पताल खुले त सभका सुभीता होखी.
हो ना हो केहू के कवनो गोटी कहीं फँसल बा आ अपना सवारथ में ऊ आदमी भा गुट विश्वविद्यालय का कान्हि पर बन्दूक राखि के निशाना लेत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..