विश्वविद्यालय के खुरचाल से आरा में मेडिकल कॉलेज खोले में दिक्कत

बिहार सरकार शहर के बीचोबीच आरा टीसन का नियरा खाली पड़ल कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के 25 अकड़ जमीन आरा मेडिकल कॉलेज खातिर अधिग्रहण करे के फैसला कइले बिया. बाकिर खुरचाली विवि प्रबंधन नइखे चाहत कि विश्वविद्यालय के जमीन पर मेडिकल कॉलेज खुले.
जबकि सरकार ओकरा बदले विश्वविद्यालय के कोईवनर हॉस्पीटल के जमीन देबे के तइयार बिया.
जान जाईं कि विश्वविद्यालय कार्यालट यदि शहर से तनी दूरा खुले त कवनो बड़हन दिक्कत नइखे होला वाला. बाकिर शहर का बीचोबीच अस्पताल खुले त सभका सुभीता होखी.
हो ना हो केहू के कवनो गोटी कहीं फँसल बा आ अपना सवारथ में ऊ आदमी भा गुट विश्वविद्यालय का कान्हि पर बन्दूक राखि के निशाना लेत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।