वीर कुंवर सिंह विवि में भोजपुरी के पढ़ाई

वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय में अब स्नातक स्तर से भोजपुरी पढ़ावे के योजना बनावल जा रहल बा. अबही एहीजा स्नातकोत्तर में भोजपुरी पढ़ावल जाले बाकिर स्नातक स्तर पर एकर पढ़ाई के सुविधा नइखे. एकाडेमिक काउन्सिल में एह बारे में प्रस्ताव पारित हो गइल बा. विश्वविद्यालय के प्रोवाइस चांसलर डा॰ तपन कुमार शाण्डिल्य के कहना बा कि अब एह पर सीनेट आ सिंडीकेट में चर्चा होखी आ ओकरा बादे एकर पढ़ाई शुरु हो पाई. एह सब में अबहीं कम से कम साल भर त लागिये जाई बाकिर पोखरा में मछरी नौ नौ कुटिया बखरा के सपना देखल शुरु हो गइल बा. काहे कि कालेज स्तर पर भोजपुरी पढ़ावे खातिर कुछ शिक्षको बहाल करही के पड़ी. भोजपुरी अकादमी एहके अपना प्रयास के सफलता बतावत विश्वविद्यालय अधिकारियन का प्रति आपन आभार जतवले बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।