वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपति के अधिकार छीनलसि अदालत

राज्य सरकार से राय विचार कइले बिना बिहार के राज्यपाल देवानंद कुंवर अपना विशेषाधिकार के इस्तेमाल करत पाँच गो विश्वविद्यालयन में अपना मनमर्जी के कुलपति नियुक्त कर दिहले. जवना का बाद एगो प्रोफेसर अदालत के शरण ले लिहले. अब पटना हाई कोर्ट मगध विश्वविद्यालय आ आरा के कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपतियन के अधिकार छीन लिहले बा आ सरकार अउर कुलाधिपति से जवाब मँगले बा. ओने सरकारो एह कोशिश में बिया कि पाँचो कुलपतियन के वित्तीय अधिकार पर रोक लगा देव. राज्यपाल एह मामिला में सरकार का तरफ से भेजल चिट्ठी के ना त पावती दिहले ना जवाब.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..