'वीर बलवान' में मनोज टाईगर के खूंखार खलनायक मान लिहले दर्शक

ManojTiger-VeerBalwanपहिला बेर कवनो कामेडियन के दर्शक खलनायक का रूप में सकरले बाड़ें. भोजपुरी के चर्चित आ जबरदस्त स्टंट वाली फिलिम ‘वीर बलवान’ के बिहार में जबरदस्त सफलता मिलल बा आ एकरा में बताशा चाचा का नाम से मशहूर कामेडीयन मनोज टाईगर मुख्य खलनायक बनल बाड़ें. नायक पवन सिंह आ खलनायक मनोज टाईगर के जबरदस्त कमेट्री दर्शकन के खूबे भावत बा.

जाने जोग बा कि एहसे पहिले मनोज टाइगर के बतासा चाचा, पवन पुरवईया, केहू हमसे जीत न पाई, अउर वाह खिलाडी वाह वगैरह फिलिमन में बतौर नायको दर्शक पसंद कइले रहलें. मनोज टाइगर के आवे वाली फिलिमन में वर्दी वाला गुंडा, पंचायत, मजनू मोटरवाला, कसम वर्दी के, बबलू बन गईल हीरो, मेरे साजन तेरे कारन वगैरह बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..