'वीर बलवान' में मनोज टाईगर के खूंखार खलनायक मान लिहले दर्शक

ManojTiger-VeerBalwanपहिला बेर कवनो कामेडियन के दर्शक खलनायक का रूप में सकरले बाड़ें. भोजपुरी के चर्चित आ जबरदस्त स्टंट वाली फिलिम ‘वीर बलवान’ के बिहार में जबरदस्त सफलता मिलल बा आ एकरा में बताशा चाचा का नाम से मशहूर कामेडीयन मनोज टाईगर मुख्य खलनायक बनल बाड़ें. नायक पवन सिंह आ खलनायक मनोज टाईगर के जबरदस्त कमेट्री दर्शकन के खूबे भावत बा.

जाने जोग बा कि एहसे पहिले मनोज टाइगर के बतासा चाचा, पवन पुरवईया, केहू हमसे जीत न पाई, अउर वाह खिलाडी वाह वगैरह फिलिमन में बतौर नायको दर्शक पसंद कइले रहलें. मनोज टाइगर के आवे वाली फिलिमन में वर्दी वाला गुंडा, पंचायत, मजनू मोटरवाला, कसम वर्दी के, बबलू बन गईल हीरो, मेरे साजन तेरे कारन वगैरह बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।