‘वीर बलवान‘ से वितरको बन गइलन निर्माता-निर्देशक हरीश जयसवाल

VeerBalwan-posterसिनेमा भोजपुरी के जानल मानल निर्माता-निर्देशक हरीश जायसवाल अब वितरक बन के आपन फिलिम ‘कजरा मोहब्बत वाला‘ क साथेसाथ भोजपुरी में चर्चित आ जबरदस्त स्टंट वाली फिलिम ‘वीर बलवान‘ के बिहार में रिलीज करे जात बाड़न.

‘वीर बलवान‘ फिलिम के निर्माता बाबू त्यागी आ निर्देशक राजू हउवें. लेखक मनोज टाईगर, सह निर्माता इरशाद खान, आ गीतकार-संगीतकार विनय बिहारी हउवें. मुख्य कलाकार बाड़ें पवन सिंह, शुभी शर्मा, मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी आ एयाज़ ख़ान.

इहो जान जाईं कि निर्माता-निर्देशक आ अब फिल्म वितरक हरीश जायसवाल अपना बेटा प्रणीत जायसवाल के हीरो बना के फिलिम ‘हो गईल बा तोहरा से प्यार सजनी‘ से लांच करीहन. एकर शीर्षक गीते जइसन गीत मशहूर गायक उदित नारायण झा 15 साल पहिले बॉलीवुड के सुपर स्टार शाहरुख़ खान ला गवले रहलें. ‘हो गईल बा तोहरा से प्यार सजनी‘ के गीतकार आ संगीतकार एस. कुमार अउर लेखक मनोज पाण्डेय हउवें.


(अपना न्यूज़)

1 Comment



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।