वीर मराठा के स्वागत करे फूल माला लेके आवे के गोहार लगवलें मनोज तिवारी

manoj-tiwari-cricketभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी लोगन से गोहार लगवले बाड़ें कि सभे ’वीर मराठा’ टीम के अगवानी करे खातिर 24 फरवरी के कम से कम एगो फूल लेके जरूर आवसु. ‘वीर मराठा’ 24 फरवरी के सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग के रांची में होखे वाला मैच ‘भोजपुरी दबंग’ टीम संगे खेली. मनोज तिवारी कहलन कि एह बाबत ऊ बिहार के औरंगाबाद, पटना आ छपरा में एकर बइठक कइले बाड़े. कहलन कि कोच्चि में ‘केरल स्ट्राईकर्स’ के खिलाफ मैच के दौरान सत्तर हजार लोग ’भोजपुरी दबंग’ के स्वागत कइल आ अब हमनिओ के ओही उत्साह से ‘वीर मराठा’ के अभिवादन करे के बा.

मनोज तिवारी के उम्मीद बा कि समृद्ध भोजपुरी कला, संस्कृति आ मीठ बोली के लोकप्रिय बनावे में सीसीएल कारगर साबित हो सकेला. इहे सोच के क्रिकेट के भोजपुरी के लोकप्रिय बनावे के माध्यम के रूप में चुनलें काहे कि एह खेल के लाखो लोग देखेला,


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।