वेव म्यूजिक खरीदलसि पांच गो बड़की फिलिमन के संगीत अधिकार

kumarGautamइलाकाई संगीत के नंबर वन कंपनी वेव म्यूजिक ने हाल ही में पांच गो बड़की भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार खरीदलसि. एह फिलिमन में एक्शन किंग विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेणा सिंह आ सीमा सिंह अभिनीत ‘लड़ब मरते दम तक’, पवन सिंह स्टारर ‘वीर बलवान’ आ ‘बनारस वाली’, ‘प्यार मोहब्बत ज़िन्दाबाद’ आ निर्देशक राजकुमार पांडे के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ शामिल बा. एह फिलिमन के लाजवाब गीत संगीत से सजल सीडी आ एमपी थ्री बाजार में उपलब्ध बा.

वेव म्यूजिक कंपनी के चेयरमैन कुमार गौतम के कहना बा कि एह फिलिमन के संगीत एह साल के बेहतरीन संगीत में से बा जवना के सुननिहार चाव से सुनीहें आ पसंद करीहें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।