वैलेंटाइन डे का दिने अपना प्रेमी जीजा के जहर खिया के मार दिहलसि साली

पटना के अनिल कुमार के पत्नी अपना बीमारी से मर गइल त उनुकर टाँका अपना साली से लड़ गइल. साली जीजा के प्रेम परवान चढ़त गइल बाकिर ससुर जी एह शादी ला तइयार ना भइलन. मजबूरन अनिल दोसरा जगहा शादी कर लिहलसि. एह बियाह से नाराज साली उनुका के बेलेंटाइण डे का दिने बोला के खाना में जहर दे दिहलसि. तबियत खराब भइला पर अनिल के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकिर ऊ बाच ना पावल. बाद में ओकर भाई अनिल के पुरनका ससुराल पर ई आरोप लगावत पुलिस केस कर दिहले बा. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..