व्यस्तता का चलते नाच नचैया धूम मचैया से अलगा हो गइलन रवि किशन

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन महुआ टीवी के लोकप्रिय शो “नाच नचैया धूम मचैया” के होस्टिंग नियमित रूप से ना करीहें काहे कि एह घरी उनुका बैक टू बैक कई फिलिम के शूटिग करे के पड़त बा. एह फिलिमन में भोजपुरी आ हिन्दी दुनु के फिलिम बाड़ी सँ.

सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म “एजेंट विनोद” के शूटिंग कुछ कारण से तीन दिन अधिका चल गइला से उनुकर सगरी कार्यक्रम गड़बड़ हो गइल बा. रवि किशन के कहना बा कि “नाच नचैया धूम मचैया” उनुका दिल से जुडल शो हवे आ ऊ कबो ना चहलें कि एह शो से दूर होखे के पड़े.

बहरहाल रवि किशन के जगहा एह शो के एंकरिंग अब के करी एह खातिर संशय बनल बावे. बतावे जोग बा कि रवि किशन का एंकरिंग में “नाच नचैया धूम मचैया” जबरदस्त कामयाबी पवलसि आ बिहार उत्तर प्रदेश में त एह शो के टीआरपी “जस्ट डांस” शोओ से अधिका रहल.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।