शंखनाद के संगीत मुहूर्त

RaviKishan-Pakhi-at-Shankhnaad-muhurtकमला फिल्म एंड एंटरटेनमेंट के बैनर में बने जात भोजपुरी फिलिम “शंखनाद” के संगीत मुहूर्त पिछला दिने मुंबई में भइल. एह फिलिम के नायक का रूप में सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के अनुबंधित कइल गइल बा. निर्देशन आनंद डी गहतराज करीहें. शंखनाद के कहानी पूरा तरह से एक्शन आ कॉमेडी से भरल बा. शूटिंग जल्दिए शुरू होखे वाली बा. अबहीं एकरा गाना के रिकार्डिंग मुंबई में कइल जा रहल बा.

निर्माता राजीव कुमार, निर्देशक आनंद डी गहतराज, गीतकार राजेश मिश्रा आ फनिन्दर राव, संगीतकार एस कुमार, नृत्यगुरू संतोष सर्वदर्शी, आ मारधाड़ मास्टर हीरा लाल यादव हउवें.

मुहुर्त का मौका पर पाखी हेगड़े, अंजना सिंह, सीमा सिंह, अवधेश मिश्रा अउर समीर खान, शुभम तिवारी, नरेन्द्र पटेल, मोना राय, संजय भूषण पटियाला वगैरह मौजूद रहलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..