‘‘शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार’’ में मेहमान भूमिका में बाड़े पंकज केसरी

सागर फिल्म्स कम्बाईन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘शनि बाबा रखिहऽ लाज हमार’ के शूटिंग पिछला दिने शनि सिगनापुर में हुई जवना में पंकज केसरी मेहमान भूमिका में शामिल भइले.

एह फिल्म के निर्माता महेश जी थाटीकोण्डा आ अर्जुन जी थाटीकोण्डा, निर्देशक जेड सुरेश शंकर, संगीतकार अशोक घायल, गीतकार अशोक घायल, फणीन्द्र राव आ सुमित कुमार श्रीवास्तव, नृत्य कानू मुखर्जी, एक्शन ए. जब्बार, कैमरामैन नीतू इक़बाल, संकलन विजय मेंगले अउर साउण्ड रिकार्डिस्ट नाटू भाई हउवे. कहानी जेड सुरेश शंकर के लिखल, पटकथा प्रभाकर झा आ मनोज गुप्ता के अउर संवाद अंजनी श्रीवास्तव के लिखल हवे.

एह फिल्म में अजीत आनन्द, कल्पना शाह, अभिषेक चड्ढा, ललितेश झा, गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, संगीता वर्धन, पुष्पराज सिंह, सोनू राजा, संजय वर्मा, पंकज मेहता, मास्टर आदित्य, बेबी वैष्णवी, बेबी कारुण्याश्री के खास भूमिका बा. आइटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी आ सुदीप पाण्डे मेहमान भूमिका में.

लेखक-निर्देशक जेड सुरेश शंकर के कहना बा कि एह फिल्म में हमनी के इलाका के सांस्कृतिक विरासत बरकरार देखे के मिली आ ई हमनी के सभ्यता-संस्कृति के आइना साबित होखी.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।