शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार

सागर फिल्म्स कम्बाईन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एकर निर्माता महेश जी. थांटीकोण्डा अउर अर्जुन जी. थांटीकोण्डा आ निर्देशक जेड सुरेश शंकर हउवें. आजु हमनी के देश के गिनती आगा बढ़त देशन में होखेला बाकिर एहके बावजूद हमनी का अंधविश्वास के जाल में जकड़ल बानी जा. ई फिलिम ओही अंधविश्वास के देखावत बिया.

एह फिल्म के नायिका के जनम शनिचर का दिने होखत बा आ ओकर महतारी मत जात बाड़ी त लोग ओकरा के अपशगुनी माने लागत बा. बड़ भइला पर शादी के चार बरीस बितलो पर ओकरा बच्चा नइखे होखत त ओकर सास ओकरा के अपशगुनी कह के घर से नकाल देत बिया. हर तरफ से ठोकल ठेठावल नायिका तब भगवान शनिबाबा के शरण में चल जात बिया. शनि बाबा के आराधना से ओकर सगरी दुख बिला जात बा.

एह पारिवारिक फिलिम में आइटम क्वीन सीमा सिंह पर फिल्मावल आइटम सांग में फूहड़पन तनिको नइखे. कहानी के डिमांड पर एह आइटम सांग के राखल गइल बा.

गीतकार अशोक घायल, फणीन्द्र राव अउर सुमित कुमार श्रीवास्तव, संगीतकार अशोक घायल, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर पी. जब्बार, कैमरामैन नीतू इकबाल, संकलनकर्ता विजय गेंगले आ साउण्ड रिकार्डिस्ट नाटू भाई. कहानी लेखक जेड सुरेश शंकर, पटकथा लेखक प्रभाकर झा अउर मनोज गुप्ता, आ संवाद लेखक अंजनी श्रीवास्तव हउवें.

कलाकारन में अजीत आनंद, कल्पना शाह, अभिषेक चड्ढा, ललितेश झा, गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, संगीता वर्धन, पुष्पराज सिंह, सोनू राजा, संजय वर्मा, पंकज मेहता, मास्टर आदित्य, बेबी वैष्णवी आ बेबी करुण्याश्री के खास भूमिका बा आ पंकज केसरी अउर सुदीप पाण्डे मेहमान भूमिका में नज़र अइहें.


(समरजीत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।